बनारस_में_का_बा...अरे_भईया_बनारस_में_का_बा...
बेरोजगारी बा, लाचारी बा ।
ग़रीबी और बिमारी बा।।
अरे भैया बनारस में का बा...
चोर बा, सिपाही बा औरी चौकीदारी बा।
प्रशासन का लापरवाही और जनता का बदहाली बा।।
अरे भैया बनारस में का बा...
सेवा बा , सत्कार बा । पेपर बा , अखबार बा ।।
सामाजिक संगठन का भरमार बा।।।
अरे चाचा बनारस में का बा...
मन्दिर बा, मस्ज़िद बा । चर्च और गुरुद्वारा बा।।
गंगा जी का किनारा बा।।।
भैया बनारस में का बा...
शंकर बा , केसरी नंदन बा ।
काल भैरव बाबा और माता का बंदन बा।।
इन्हीं क सब करे अभिनंदन बा।।।
अरे भैया बनारस में का बा...
मार बा, पिटाई बा, गारी और गरियाई बा।
चोरी और चोराई बा , मनबढ़ाई और दबंगई बा ।।
अरे भैया बनारस में का बा...
जिवन बा , मरण बा ।
गीत और गवाई बा , नाच और नचाई बा।।
दुध और मलाई बा , फल और मिठाई बा।
गांजा जम के पियाई बा, महादेव के भक्ति में झुमाई बा।।
बनारस में का बा....
पान क खियाई बा ,रोड का रंगाई बा।
मदिरा का पीयाई बा , नाली में गिराई बा , मार और पिटाई बा।।
अरे बनारस में का बा...
शिक्षा बा , संस्कार बा ।
बनारस खुदे इतिहास का साक्षात्कार बा।।
🙏🙏हर हर महादेव 🙏🙏
©रौशन पटेल